×

PRADIP YADAV

Member of parliament

ABOUT ME LEADERSHIP VISION & MISSION MEDIA Development CONTRIBUTE Blog

Home मुसहरलोग के पक्का के घर मे रहेके सपना पुरा करतारन सांसद यादव

मुसहरलोग के पक्का के घर मे रहेके सपना पुरा करतारन सांसद यादव

मुसहरलोग के पक्का के घर मे रहेके सपना पुरा करतारन सांसद यादव

आस । बीरगंज फागु ०२ ।

वीरगन्ज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २२ मनियारी मे सालो से खर के झोपडी मे रहत आईल मुसहरसब अब नयाँ पक्का के घर मे रहियन ।

मनियारी मे रहल दलित वस्ती के मुसहर जात के ४२ घरपरिवार एक करोड रोपेया के लागत मे बुध के दिन नमुना मुसहर वस्ती के निर्माण सुरु होखेवाला भईला से अब ओतहा के मुसहरसब पक्का के घर मे रहियन ।

मुसहरवस्ती मे पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के प्रतिनिधीसभा सदस्य(सांसद)प्रदीप यादव आपन निर्वाचन क्षेत्र के स्थानीय पूर्वाधार कोष से नमूना मुसहरवस्ती बनावे लागल बाडन । नमुना मुसहरवस्ती मे गरीब मुसहर जात के खातिर ४२ गो एक तल्ला पक्का के घर आ हरेक घर के खातिर एगो पईखाना भी बनी ।

बुध के सांसद यादव द्धारा शीलन्याश भईल नमूना मुसहरवस्ती के निर्माण कार्य चालु आर्थिक वरीष के असाढ मसान्त भीतर ओरीयाएके लक्ष्य रहल इन्जिनियर राजेश कुमार जानकारी करवनी ।

सांसद यादवल के कहनाम वीरगन्ज महानगरपालिका क्षेत्र मे रहल मनियारी, नगवा आ बेल्वा मे करके तीन जगह मे मुसहरवस्ती रहल बा । माकिर खोजतालस के बाद ई तीनु मेसे सबसे बेसी खराब आ पिछडल अवस्था मे मनियारी के मुसहरवस्ती हि रहल ओहि से पहिलका चरण मे नमूना मुसहरवस्ती निर्माण के खातिर मनियारी के मुसहर वस्ती के चुनल गईल ।


नमुना मुसहरवस्ती मे स्कुल भी बनेके घोषणा सांसद यादव कईनी । जगदम्बा सिमेन्ट प्रालि के निर्देशक राजेश अग्रवाल नमुना मुसहरवस्ती मे स्कुल के घर बनइयन कहके जानकारी देहनी । एकरा बाद दोसर का चरण मे नगवा आ बेल्वा के मुसहर सभन के खातिर भी आपना से नमुना मुसहरवस्ती बनादेवे के प्रतिबद्धता उहाँ के शीलन्याश कार्जक्रम मे कईनी ।

चुनाव के बेरीया आपना से जनता से कईल वचन के पुरा कररहला से आत्मसन्तुष्टि मिल रहल बतवनी । चुनाव के बेरीया जनता के आगे जवन भी कसम खईनी उ सभी आपन कार्यकाल मे पुरा करेम कहे बतवनी । आपन कार्यकाल मे पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के केहु भी जनता घर विहिने नारहेके भी उहाँ के घोषणा कईनी ।

कैयन बरीष से माटी आ खर से बनल छोट झोपडी मे कठिनाई के जीवन बितारहल मनियारी के मुसरसब के नयाँ पक्का के घर मे रहेके मिललाबाद बहुते खुश भईल बाडन् ।

शीलन्याश कार्जक्रम मे प्रदेशसभा सदस्य जन्नत अन्सारी, वीरगन्ज महानगरपालिका के प्रमुख प्रशाकीय अधिकृत डाक्टर भीष्म कुमार भुषाल, संघीय समाजवादी फोरम नेपाल पर्सा के प्रवक्ता रामनरेश राय यादव लगायत के भी उपस्थिती रहे ।

PRADIP YADAV

Member of parliament